हमार नाम पृथ्वी लाल साह ह। हम एगो सरकारी विद्यालय के शिक्षक हईं । आज बीरगंज,बीर्ता (नेपाल) के निवासी हमार पहिलका घर बलिरामपुर बारा (नेपाल) मे ह। कविता लिखेके प्रेरणा हमरा मे हमार मामा राधाकृष्ण प्रसाद गुप्ता (दिलेर सागर ‘नौतनी’) के कविता पढते पढते आइल् । कविता लिखेके रुचि त बहुत पहिले से जब हम विद्यालय मे विद्यार्थी रहीं तबसे भइल् । लेकिन आजतक प्रकाशन मे ना गइल् रहे जवन आज हमार बेटा गुन्जन कुमार साह के प्रयास आ परिश्रम से सफल हो रहल् बा। यी भोजपुरी कविता संग्रह ‘सनेस’ हमार प्रथम् पुस्तक ह । हमार शुभईच्छा बा कि यी ‘सनेस’ हर दिल के छुओ हर मन के आनन्दित करो । धन्यवाद ।
There are no products |